web analytics

कांग्रेस जेकरे के आपन नेता बनावे, लालू ओकरे पाछा चलीहें

LaluPrasadYadav-2007-Keasriya-Biharरांची 17 दिसम्बर (वार्ता) राजद:अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल लालू प्रसाद यादव आजु एगो संवाददाता सम्मेलन में कहलन कि कांग्रेस जेकरे के नेता बनाई उ ओकरे समर्थन करीहें.

लालू इहो कहलन कि राहुल गांधी प्रधानमंत्री पद जोग बाड़न. बाकिर लालू का राय में कांग्रेस के चुनाव से पहिले अपना नेता के नाम के घोषणा ना करे के चाहीं.

बिहार सरकार का बारे में लालू कहलन कि एकरा से सभे परेशान बा. जदयू आ भाजपा मरल पड़ल बाड़ी सँ. कहलन कि राजद पटना में एगो रैली करी जवना के तारीख के एलान जल्दिए कइल जाई.

लालू आरोप लगवलन कि उनुका के सीबीआई के मार्फत फँसावे के काम राजग कइलसि.

 76 total views,  1 views today

%d bloggers like this: