आरा 17 दिसम्बर (वार्ता) धनगाई इलाका के केसरी गांव के नियरा मंगल का सबेरे एगो निजी बस पलटला का चलते एगो सवारी के मौत हो गइल आ पन्द्रह जने घवाहिल हो गइले.
पुलिस से जानकारी मिलल कि बस कैमूर जिला के मोहनिया से आरा आवत रहुवे जब राष्ट्रीय राजमार्ग 30 पर केसरी गांव के नियरा सामने से आवत ट्रक से टकरा के सड़क किनारे पलट गइल. मरे वाला सवारी के पहचान नइखे हो पावल.
घवाहिल सवारियन के अस्पताल में भरती करा दीहल बा. अस्पताल में दू जने के हालत खराब बतावल जात बा.
ट्रक के ड्राइवर हादसा का बाद से फरार बा. हादसा कुहासा का चलते भइल.
72 total views, 1 views today