
बैंक कर्मी आजु अठारह तारीख के हड़ताल पर रहीहें
December 18, 2013
जयपुर 17 दिसम्बर (वार्ता) बैक अधिकारियन आ कर्मचारियन के जायज मांगो पर भारत सरकार के नकारात्मक रवैया का खिलाफ आजु देश भर के 10 लाख बैक अधिकारी आ कर्मचारी हडताल पर रहीहे.
मुम्बई मे 14 दिसम्बर के भइल तीनपक्षीय बातचीत बेनतीजा रहला का बाद 16 दिसम्बर के केन्द्रीय श्रम आयुक्त आपसी सहमति बनावे के भरपूर कोशिश कइले बाकिर ओकर कवनो फायदा ना भइल.