गोण्डा 17 दिसम्बर (वार्ता) गोण्डा जिला कारागार मे मंगल का दिने अमर शहीद राजेन्द्र नाथ लाहिडी के 87वां बलिदान दिवस मनावल गइल.
जेल के फांसी घर मे लागल लाहिडी के प्रतिमा प फूल चढ़ा के उनुका के सरधांजलि दीहल लोग.
अमर शहीद राजेन्द्र लाहिडी के काकोरी षडयंत्र काण्ड मे अंग्रेजी हुकूमत फाँसी खातिर तय दिन से दू दिन पहिलहीं 17 दिसम्बर 1927 के गोण्डा जेल मे फांसी पर लटकवा दिहले रहुवे.
123 total views, 1 views today