
लोकपाल का पारित भइला के ऐतिहासिक बतवले मनमोहन सिंह
December 18, 2013
नयी दिल्ली. 17 दिसंबर (वार्ता) लोकपाल आ लोकायुक्त विधेयक राज्यसभा मे पारित भइला के ऐंतिहासिक कदम बतावत प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह एकरा ला सांसदन के बधाई दिहलन.
संसदीय कार्य मंत्री कमलनाथ सभकर आभार जतावत उमेद कइले कि विधेयक काल्हु भा परसो लोकोसभा मे पारित हो जाई. कहलन कि लोकपाल विधेयक देश के मांग रहल. इ एहुला जरूरी रहुवे कि राजनीति आ व्यवस्था से लोग के उठत विश्वास के फेरू कायम कइल जा सके.