
साल सतहत्तर के बाद कांग्रेस के दुसरका बड़ हार
December 18, 2013
नयी दिल्ली 17 दिसम्बर (वार्ता) भाजपा. के पुरनिया नेता लाल कृष्ण आडवाणी हाल में भइल चार राज्यन के विधानसभा चुनाव मे कांग्रेस के हार इमरजेन्सी का बाद ओकर दुसरका बड़ हार बतवले बाड़न.
अपना ताजा ब्लाग मे आडवाणी लिखले बाड़न कि यदि लोकसभा चुनाव मे कांग्रेस के सीट सौ से निचहीं रहि जाव त अचरज ना होखे के चाहीं. लिखले बाड़न कि विधानसभा चुनाव परिणामन का बाद मीडिया में सुर्खी रहल कि कांग्रेस के सफाया हो गइल बा. एहसे लोकसभा चुनावो मे ओकर इहे हाल होखे वाला बा. आगे लिखले बाड़न कि उनुका साल 2011 के जन चेतना यात्रा के देश भर मे अपार सर्मथन मिलल. ओकरा बाद सरकार विदेशन मे जमा करिया धन पर संसद मे श्वेत पत्र लेके आइल बाकिर ओह धन के वापस लावे के कवनो काम ना भइल.