पटना 18 दिसम्बर (वार्ता) बिहार राज्य सतर्कता अन्वेषण ब्यूरो भोजपुर जिला के सदर प्रखंड के महुली पंचायत के सचिव अशोक कुमार राय के बुध का दिने घूस लेत रंगे हाथ पकड़ लिहलसि.
ब्यूरो के पुलिस अधीक्षक डा. परवेज अख्तर बतवलन कि विभाग के शिकायत मिलल रहे कि पंचायत सचिव पकड़ी गाँव के सुशील कुमार के लगावल सोलर स्ट्रीट लाईट के भुगतान खातिर घूस माँगत बाड़न. भुगतान एक लाख 86 हजार 200 रुपिया के रहुवे. एकरा बाद विभाग पंचायत सचिव क पैंतीस हजार रुपिया घूस लेत रंगे हाथ पकड़ लिहलसि.
68 total views, 1 views today