Go to ...
RSS Feed

मोदी के रैली मे चायवालन के खास क के बोलावल बा


NaMoलखनऊ 18 दिसम्बर (वार्ता) भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के वाराणसी 20 दिसम्बर के होखेवाला रैली में चाय बेचे वालन के खास क के बोलावल गइल बा.

कुछ दिन पहिले सपा महासचिव आ सांसद नरेश अग्रवाल तंज कइले रहले कि चाय बेचे वाला भला का पीएम बनी. कहलन कि नरेन्द्र मोदी बचपन में टीसन प चाय बेचत रहलन. आ अब पीएम बने के सपना देखत बाड़े.

वाराणसी के भाजपा इकाई एह तंज के चुनौती का रूप में लिहले बिया आ चाय बेचेवालन के खास क के रैली में चहुँपे के गोहार लगावल जात बा भाजपा के वाराणसी कार्यालय प मोदी टी स्टालो खोलल गइल बा जहाँ आवे वालन के चाय पिआ के स्वागत कइल जात बा.

नरेन्द्रो मोदी पूछले रहले कि चाय बेचल कवनो खराब काम ह का ? देश बेचे वालन से त चाय बेचे वाला हमेशा बढ़िया कहाई.

Tags: , ,

More Stories From राजनीति

%d bloggers like this: