गोपालगंज 18 दिसम्बर (वार्ता) गोपालगंज जिला के एगो सेशन कोर्ट बीस साल पुरान हत्या के मामिला में पाँच जने के उमिर कैद आ पाँच पाँच हजार रुपिया जुर्माना के सजा सुनवलसि.
मुकदमा साल तिरानबे के चौबीस मार्च के भइल उचकागाँव थाना के भाठबथुआ गाँव के पारस पाँडे के गोली मार के हत्या रहुवे. ओह दिन हरिशंकर मिश्र के पकड़ के हत्यारा ले जात रहले जब उ भाग निकलले आ पारस पांडे के घर में घुस गइले. एह पर हत्यारा गोली चलावे लगले जवना से पारस पांडे के मौत हो गइल रहे.
एही मामिला मे बुध का दिन द्वितीय अपर जिला एवं सत्र न्यायाधीश केसरी नंदन गुप्ता टुनटुन उर्फ अनिल शर्मा, सुनील शर्मा, हरेन्द्र शर्मा, सुभाष तिवारी आ हरेश्वर पांडे के ई सजा सुनवले.
48 total views, 1 views today