पटना 19 दिसम्बर (वार्ता) सूरत के अरबपति व्यवसायी हनीफ हिंगोरा के बेटा सोहैल के अपहरण का मामिला में बिहार के एगो मंत्री के शामिल होखे के खबर अइला का बाद आपन चुप्पी तूड़त नीतीश कुमार कहले बाड़न कि पुलिस मामिला के तह ले जाई आ दोषियन के बकसल ना जाई.
सोहैल के अपहरण दमन से भइल रहुवे आ उनका के छपरा के एगो मकान में करीब एक महीना ले बन्हक रखला का बाद फिरौती वसूलला के बाद छोड़ल गइल. सोहैल के पिता के आरोप बा कि एह मामिला के तार सरकार के एगो मंत्री से जुड़ल बा.
पुलिस एह बीच अपहरण करे में शामिल होखे के आरोपी दीपक के भाई रंजीत के गिरफ्तार क लिहले बिया.
92 total views, 2 views today