मऊ 21 दिसम्बर (वार्ता) पुलिस बतवलसि कि घोसी इलाका के मझवारा गांव के फिरोज मझवारा मधुबन रोड पर पेट्रोल पंप का नियरा पोल्ट्री फार्म चलावत रहे. काल्हु देर रात जब उ पोल्ट्रीफार्म प मुर्गियन के चारा खिआवे जात रहुवे तबहिए कुछ बदमाश उनका के गोली मार दिहले.
घटना के करीब आध घंटा बाद जब फिरोज के भगीना पोल्ट्रीफार्म पर पहुंचल त मामा के खून से बोथाइल देखलसि आ जा के घरवालन के बतवलसि. लोग ओकरा के लेके जिला अस्पताल गइल जहवाँ डाक्टर फिरोज के मृत बता दिहले.
पुलिस मामिला के जाँच करत बिया आ ओकरा अनेसा बा कि एह हत्या का पीछे व्यवसायिक प्रतिस्पर्धा हो सकेला.
356 total views, 5 views today