गोरखपुर 20 दिसम्बर (वार्ता) सहजनवा टीसन के प्लेटफार्म का लगे गोरखपुर जूट मिल के एगो मजदूर के लाश जरल हालत में पड़ल मिलल.
पुलिस बतवलसि कि सोमहर के बावन बरीस के बाबू राम सिंह गोरखपुर जूट मिल मे मजदूरी करत रहे. काल्हु फजीरे उ दू गो अउर मजदूरन संगे काम प गइल रहुवे. दुनू साथियन के कहना बा कि बाबूराम पेशाब करे खातिर रुक गइल रहे आ उ लोग मिल चल गइल रहे.
शुक का फजीरे बाबू राम सिंह के जरल लाश मिलल. लाशे का लगे एगो किरासन तेल के डिब्बो मिलल बा. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया.
150 total views, 2 views today