
मोदी के रांची रैली में पचास लाख लोग शामिल होखी
December 21, 2013
धनबाद 20 दिसम्बर (वार्ता) झारखंड प्रदेश भाजपा अध्यक्ष रविन्द्र राय के दावा बा कि 29 दिसम्बर के रांची मे होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैली में पचासो लाख से अधिका लोग शामिल होखी.
बतवलन कि पचास लाख से अधिका लोग के नेवतल जा चुकल बा. ई रैली ऐतिहासिक होखी आ झारखंड के हर गाँव कस्बा शहर से लोग एह रैली में शामिल होखी.
कांग्रेस के षडयंत्रकारी बतावत रविन्द्र राय कहलन कि झारखंड मे रहल सरकार के खतम क के एगो कमजोर सरकार के पोसत बिया कांग्रेस. कहलन कि झारखंड के हेमंत सरकार अइसन अकेला सरकार हिय जवना के मंत्री मुख्यमंत्री प हुकुम चलावेले.