Go to ...
RSS Feed

Archives for December 2013

हत्या के मामिला में पांच जने के उमिर कैद

गोपालगंज 18 दिसम्बर (वार्ता) गोपालगंज जिला के एगो सेशन कोर्ट बीस साल पुरान हत्या के मामिला में पाँच जने के उमिर कैद आ पाँच पाँच हजार रुपिया जुर्माना के सजा सुनवलसि. मुकदमा साल तिरानबे के चौबीस मार्च के भइल उचकागाँव थाना के भाठबथुआ गाँव के पारस पाँडे के गोली मार के हत्या रहुवे. ओह दिन

बैक हड़ताल से पूरा देश में बैंकिग सेवा ठप रहल

नयी दिल्ली.18 दिसम्बर (वार्ता) वेतन बढ़ावे आ अउरी माँग ले के देश भर के सरकारी बैंक कर्मचारी बुध का दिने हड़ताल प रहले जवना से देश भर के बैंकिंग सेवा ठप रहल. बाकिर निजी बैंकन के आम कामकाज रोजे का तरह चलल. बस क्लियरिंग के काम ना हो सकल.

बिहार मे पंचायत सचिव घूस लेत पकड़ाइल

पटना 18 दिसम्बर (वार्ता) बिहार राज्य सतर्कता अन्वेषण ब्यूरो भोजपुर जिला के सदर प्रखंड के महुली पंचायत के सचिव अशोक कुमार राय के बुध का दिने घूस लेत रंगे हाथ पकड़ लिहलसि. ब्यूरो के पुलिस अधीक्षक डा. परवेज अख्तर बतवलन कि विभाग के शिकायत मिलल रहे कि पंचायत सचिव पकड़ी गाँव के सुशील कुमार के

देवरिया में घवाहिल के हवालात मे राखे आ बाद में कोर्ट भेजे के मामिला तूल पकड़लसि

देवरिया 18 दिसम्बर (वार्ता) रामपुर कारखाना इलाका में मंगल का दिने जरावल आदमी के हवालात में बंद करे आ बाद में कोर्ट भेजे के मामिला तूल पकड़े लागल बा. पीड़िता के मेहरारू अनीता देवी पुलिस अधीक्षक से निहोरा कइले बाड़ी कि तीन गो नामजद आ दू गो अनजान आदमियन का खिलाफ मुकदमा लीखल जाव. पीड़ित

जमीन का झगड़ा में एक आदमी के हत्या

जौनपुर 18 दिसम्बर (वार्ता) सरायख्वाजा इलाका के कोठवार बाजार मे बुध का दिने तीन चार लोग जमीन का झगड़अ में कोठवार बाजार के रामदुलार यादव क पीट पीट के मुआ दीहल. साठ बरीस के रामदुलार यादव ओह समय अपना नया बनल कोठरी प गार्डर आ पटियां चढवावत रहले. बाद में जुटल भीड़ एगो मोटरसाइकिल के

मोदी के रैली मे चायवालन के खास क के बोलावल बा

लखनऊ 18 दिसम्बर (वार्ता) भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के वाराणसी 20 दिसम्बर के होखेवाला रैली में चाय बेचे वालन के खास क के बोलावल गइल बा. कुछ दिन पहिले सपा महासचिव आ सांसद नरेश अग्रवाल तंज कइले रहले कि चाय बेचे वाला भला का पीएम बनी. कहलन कि नरेन्द्र मोदी बचपन

मोदी के वाराणसी रैली 20 दिसम्बर के

लखनऊ 17 दिसम्बर (वार्ता) भाजपा का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी 20 दिसम्बर के वाराणसी मे होखे वाला विजय शंखनाद रैली मे भाग लीहें. रैली में आवे खातिर ओह दिन सबेरे अहमदाबाद से सीधे वाराणसी अइहें आ रैली का बाद ओही दिने वापिसो लवटि जइहें.वाराणसी में नरेन्द्र मोदी संकटमोचन मंदिर आ काशी

लालू के काफिले के गाड़ी दुर्घटनाग्रस्त भइला से एक जने के मौत

कोडरमा 17 दिसम्बर (वार्ता) झारखंड मे कोडरमा घाटी के ललिका मोड़ का नियरा राष्ट्रीय राजमार्ग संख्या 31 पर .राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के काफिला मे चलत एगो वाहन बेकाबू हो गइल जवना चलते एक आदमी के मौत हो गइल आ छह जने घवाहिल हो गइले.

दू गो लाश सडक किनारे मिलल

गोरखपुर 17 दिसम्बर (वार्ता) खोराबार इलाका मे गायघाट का नियरा सडक किनारे दू गो लाश पड़ल मिलल जवना के पुलिस अपना कब्जा में ले के पोस्टमार्टम ला भेजववलसि. लाशन के पहचान दीपक सिंह साकिन भगवानपुर भदरा थाना खजनी आ गंगेश पहाडी साकिन भीटीखोरिया थाना खजनी के रुप में भइल. देख के लागत बा कि दुनू

लोकपाल का पारित भइला के ऐतिहासिक बतवले मनमोहन सिंह

नयी दिल्ली. 17 दिसंबर (वार्ता) लोकपाल आ लोकायुक्त विधेयक राज्यसभा मे पारित भइला के ऐंतिहासिक कदम बतावत प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह एकरा ला सांसदन के बधाई दिहलन. संसदीय कार्य मंत्री कमलनाथ सभकर आभार जतावत उमेद कइले कि विधेयक काल्हु भा परसो लोकोसभा मे पारित हो जाई. कहलन कि लोकपाल विधेयक देश के मांग रहल. इ एहुला

जियते जरावल आदमिए के चालान काट दिहलसि पुलिस

देवरिया 17 दिसम्बर (वार्ता) देवरिया मे पुलिस के भयावह चेहरा सामने आइल जब उ एगो गम्हीराह झँउसल आदमी के शांति भंग के अनेसा मे गिरफ्तार क के चालान कर दिहलसि. बाद में एस डी एम सदर दिनेश गुप्त ओकर नाजुक हालत देखके मुचलिका पर रिहा कर दिहलनि. रामपुर कारखाना इलाका के बनकट गाँव के बसपा

कुहा का चलते बस आ ट्रक के टक्कर में एक जने के मौत 15 जने घवाहिल

आजमगढ 17 दिसम्बर (वार्ता) तरवां इलाका मे मंगल का भोर मे घन कुहा का चलते एगो बस आ ट्रक में टक्कर हो गइल. एह हादसा में ट्रक चालक के मौत हो गइल आ बस के 15 गो सवारी घाहिल हो गइले. बस तरवां से आजमगढ आवत रहुवे जब खरिहानी बाजार का लगे ट्रक से टकरा

940 ग्राम चरस बरामद

जौनपुर 17 दिसम्बर (वार्ता) नारकोटिक्स विभाग के टीम लाइन बाजार के हुसेनाबाद मुहल्ला मे एगो घर प छापा मारके नौ सौ चालिस ग्राम चरस बरामद कइलसि जवना के दाम अंतर्राष्ट्रीय बाजार मे कई लाख रुपिया बतावल जात बा. पुलिस बतवलसि कि छापा हुसेनाबाद मुहल्ला में सिंचाई विभाग के लिपिक मनीष श्रीवास्तव के मकान मे रहत

फीस बढ़ला का खिलाफ छात्र बवाल कटले

जौनपुर 17 दिसम्बर (वार्ता) वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय के फीस बढ़वला का खिलाफ छात्र विश्वविद्यालय परिसर मे बवाल कटले आ तोडफोड कइले. बतावल जात बा कि विश्वविद्यालय प्रशासन सगरी संकायन मे स्नातक, स्नातकोत्तर आ शोध कार्य वगैरह के फीस बढा दिहले बावे.

106 बेटिकट यात्रियन से वसूलाइल 90 हजार रुपिया

गोरखपुर. 17 दिसम्बर (वार्ता) पूर्वोत्तर रेलवे के टिकट जांच दल गोरखपुर..सरदारनगर आ गोरखपुर आनन्दनगर रेल खण्डन प अनेके गाड़ियन में 106 बेटिकट यात्रियन के पकड़लसि आ ओहनी से 90 हजार जुर्माना वसूललसि. पूर्वोत्तर रेलवे के प्रवक्ता बतवले कि पकडाइल 93 यात्रियन के रेलवे मजिस्टे्रट का सोझा हाजिर करावल गइल जबकि तेरह गो नाबालिग छात्र आ

साल सतहत्तर के बाद कांग्रेस के दुसरका बड़ हार

नयी दिल्ली 17 दिसम्बर (वार्ता) भाजपा. के पुरनिया नेता लाल कृष्ण आडवाणी हाल में भइल चार राज्यन के विधानसभा चुनाव मे कांग्रेस के हार इमरजेन्सी का बाद ओकर दुसरका बड़ हार बतवले बाड़न. अपना ताजा ब्लाग मे आडवाणी लिखले बाड़न कि यदि लोकसभा चुनाव मे कांग्रेस के सीट सौ से निचहीं रहि जाव त अचरज

बैंक कर्मी आजु अठारह तारीख के हड़ताल पर रहीहें

जयपुर 17 दिसम्बर (वार्ता) बैक अधिकारियन आ कर्मचारियन के जायज मांगो पर भारत सरकार के नकारात्मक रवैया का खिलाफ आजु देश भर के 10 लाख बैक अधिकारी आ कर्मचारी हडताल पर रहीहे. मुम्बई मे 14 दिसम्बर के भइल तीनपक्षीय बातचीत बेनतीजा रहला का बाद 16 दिसम्बर के केन्द्रीय श्रम आयुक्त आपसी सहमति बनावे के भरपूर

राजेन्द्र नाथ लाहिडी के 87वां बलिदान दिवस मनावल गइल

गोण्डा 17 दिसम्बर (वार्ता) गोण्डा जिला कारागार मे मंगल का दिने अमर शहीद राजेन्द्र नाथ लाहिडी के 87वां बलिदान दिवस मनावल गइल. जेल के फांसी घर मे लागल लाहिडी के प्रतिमा प फूल चढ़ा के उनुका के सरधांजलि दीहल लोग. अमर शहीद राजेन्द्र लाहिडी के काकोरी षडयंत्र काण्ड मे अंग्रेजी हुकूमत फाँसी खातिर तय दिन

मायावती के जन्मदिन से बसपा के चुनाव अभियान शुरू होखी

लखनऊ 17 दिसम्बर (वार्ता) बसपा आपन चुनाव अभियान अपना सुप्रीमो पार्टी अध्यक्ष मायावती के जनमदिन 15 जनवरी का दिने लखनऊ में एगो बड़हनरैली क के करी. एह बाबत काल्हु का बइठका में लीहल गइल. एह महारैली में राज्य के सगरी 403 विधानसभा इलाका के लोग शामिल होखी. हर विधानसभा इलाका से कम से कम पाँच

असलहा संगे बदमाश गिरफ्तार

गोपालगंज 17 दिसम्बर (वार्ता) उचका गांव थाना के हरपुर गांव के नियरा से काल्हुकि देर रात पुलिस एगो बदनाम अपराधी राज कुमार पटेल के असलहा समेत गिरफतार क लिहलसि. हथुआ के अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी कमला कांत प्रसाद बतवलन कि खबर मिलल रहे कि मुजफफरपुर जिला के वरुराज थाना के छपिया गांव के राज कुमार पटेल

Older Posts›› ‹‹Newer Posts