Go to ...
RSS Feed

Archives for December 2013

निजी बस पलटल, एक जने मरलन पन्द्रह जने घवाहिल

आरा 17 दिसम्बर (वार्ता) धनगाई इलाका के केसरी गांव के नियरा मंगल का सबेरे एगो निजी बस पलटला का चलते एगो सवारी के मौत हो गइल आ पन्द्रह जने घवाहिल हो गइले. पुलिस से जानकारी मिलल कि बस कैमूर जिला के मोहनिया से आरा आवत रहुवे जब राष्ट्रीय राजमार्ग 30 पर केसरी गांव के नियरा

कांग्रेस जेकरे के आपन नेता बनावे, लालू ओकरे पाछा चलीहें

रांची 17 दिसम्बर (वार्ता) राजद:अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल लालू प्रसाद यादव आजु एगो संवाददाता सम्मेलन में कहलन कि कांग्रेस जेकरे के नेता बनाई उ ओकरे समर्थन करीहें. लालू इहो कहलन कि राहुल गांधी प्रधानमंत्री पद जोग बाड़न. बाकिर लालू का राय में कांग्रेस के चुनाव से पहिले अपना नेता के नाम के

कारोबारी के हत्या क के दस लाख के लूट

मीरजापुर 16 दिसम्बर (वार्ता). सोमार का सबेरे करीब एगारह बजे कुछ अपराधी एगो सराफा व्यापारी के गोली मार के हत्या क दिहले आ ओकरा दस लाख रुपिया के गहना लूट ले गइले. पुलिस से पता चलल कि गणेशगंज बहेलिया गली का शायरमाता मंदिर के नियरे सराफा कारोबारी राजेन्द्र सोनी के घर बावे आ गणेशगंज डंग

15 हजार रुपये के इनामी अपराधी गिरफ्तार

गाजीपुर 16 दिसम्बर (वार्ता) गाजीपुर जिला के अपराध शाखा आ जंगीपुर पुलिस 15 हजार रुपिया के इनामी अपराधी मुस्ताक अंसारी के असलहा समेत गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस बतवलसि कि अनेके मामिला के आरोपी शातिर बदमाश मन्नू उर्फ मुस्ताक अंसारी के पुलिस बहुते दिन से तिकवत रहुवे. आजु ओकरा सफलता मिलल आ मन्नू के असलजा समेत

गुठनी मे बैक शाखा से 55 लाख के चोरी

सिवान 16 दिसम्बर (वार्ता) गुठनी बाजार इलाका में केनरा बैक के शाखा से करीब पचपन लाख रुपिया चोरा लीहल गइल बा. सोमार का दिने जब बैंक खुलल त देखल गइल कि मुख्य तिजोरी के ताला टूटल बा आ ओहमे राखल 55 लाख 35 हजार 857 रूपिया गायब बा. तुरते एकर सूचना थाना के दे दीहल

जेल से निकलते टहके लगले लालू प्रसाद यादव

रांची 16 दिसम्बर (वार्ता) अरबों रूपिया के चारा घोटाला का एगो मामिला में पाँच साल जेल के सजा भोगत लालू प्रसाद के सुप्रीम कोर्ट जमानत दे दिहलसि. जवना का बाद सोमार का दिने उनका के बिरसा मुंडा केन्द्रीय कारागार से रिहा क दीहल गइल. सजा मिलला का बाद लालू प्रसाद के सांसदी चल गइल बा

घन कुहासा का चलते भइल सडक हादसा में तीन जने के मौत

गोंण्डा 16 दिसम्बर (वार्ता) कौडिया बाजार इलाका में बहराईच रोड पर मल्लापुर का नियरा घन कुहसा का चलते भइल सड़क हादसा में मरद मेहरारू आ एगो अउर आदमी के मौत हो गइल. पुलिस से पता चलल कि बहराइच के रामानन्द अपना मेहरारू उमाकान्ती का साथे नगर के इन्दिरानगर कालोनी मे भइल एगो बिआह समारोह से

बारातियन से भरल बस पलटल. दी जने के मौत दस जने घवाहिल

सासाराम 16 दिसम्बर (वार्ता) अगरेर इलाका के मोकर गांव का नियरा सोमार का सबेरे बारातियन से भरल एगो बस पलट गइल. एह हादसा में दू जने के मौत हो गइल आ दस जने घवाहिल हो गइले. सासाराम में बिआह का बाद बारात नोखा इलाका के धामा गांव लवटत रहल जब मोकर गांव का नियरा ओह

बेलाउर पंचायत के मुखिया के हत्या

आरा 16 दिसम्बर (वार्ता) उदवंतनगर इलाका के बेलाउर पंचायत के मुखिया चंपा देवी के अतवार देर रात गरदन दबा के हत्या क दीहल गइल. पुलिस से पता चलल कि पैंतीस बरीस के चंपा देवी अपना घर में सूतल रहली जब कुछ अपराधी उनुका घर में घुस के उनकर गरदन दबा उनकर जान ले लिहले. हत्या

बसपा अउर आ आपा के अनेके लोग भाजपा मे शामिल

पटना 15 दिसम्बर (वार्ता) बिहार मे बसपा आ आ आपा के अनेके बड़ नेता आजु भाजपा में शामिल हो गइले. एह लोगन में बसपा के प्रदेश महासचिव हरेन्द्र कुमार पटेल, प्रदेश कोषाध्यक्ष रामजी प्रसाद राय, आ आपा के प्रदेश संयोजक अरविंद सिंह, ऋचा वत्स, प्रीति सिंह वगैरह शामिल बाड़े.

टेम्पो आ रोडवेज बस के टक्कर का चलते दू जने मरले आठ जने घवाहिल

वाराणसी 15 दिसम्बर (वार्ता) चोलापुर इलाका में रोडवेज का बस आ एगो टेम्पो के टक्कर से एगो औरत समेत दू लोग के जान चल गइल आ आठ जने घवाहिल हो गइले. घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. एहमें पुलिस बहाली के इम्तिहान देबे आइल एगो नवहिओ शामिल बा.

अगिला चुनाव में द्रमुक कांग्रेस से गठबन्हन ना करी

चेन्नई.15 दिसंबर (वार्ता) द्रमुक के बइठक में आम रुख रहल कि अगिला चुनाव में कांग्रेस से गठबन्हन ना होखी. एह बईठक में हालांकि बाकायदा एह तरह के कवनो प्रस्ताव पास ना भइल बाकि सदस्यन के कहना रहल कि कांग्रेस से कवनो तरह के नाता राखल ठीक ना रही. पिछला दू गो चुनाव से तमिलनाडु में

दोसरा के बदले इम्तिहान देत एगो नवही गिरफ्तार

गोरखपुर 15 दिसम्बर (वार्ता) गोरखपुर के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक प्रदीप कुमार यादव बतवले कि कैन्ट इलाका में एगो परीक्षा केन्द्र प देवरिया जिला के विद्या सागर का बदले बिहार के बांका जिला के गोविन्दपुर के राकेश कुमार मंडल परीक्षा देत रहे जेकरा के पुलिस गिरफतार क लिहलसि. गिरफ्तार नवही राकेश बतवलसि कि उ नौ हजार

मारीशस मे एगो अउर भारत बसेला … राजकेश्वर पुरयाग

लखनऊ 15 दिसम्बर (वार्ता) मारीशस के राष्ट्रपति राजकेश्वर प्रयाग आज एहिजा विधानसभाध्यक्ष माता प्रसाद पाण्डेय से मुलाकात करत कहलन कि भारत आ मारीशस के संबंध के नींव जेतने पुरान ह ओतनमे मजगरो ह. कहलन कि आजु अगर मॉरीशस दुनिया भर में जानल जाला त ओकर आधार शिक्षा ह. पुरयाग कहले कि हमनी के पुरनिया अनेके

भारत के कांग्रेसमुक्त करे के शुरुआत हो गइले .. नरेन्द्र मोदी

देहरादून. 15 दिसंबर (वार्ता) गुजरात के मुख्यमंत्री आ भाजपा का तरफ से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेद्र मोदी चार राज्यन में काग्रेस के मिलल बड़हन हार के देश के कांग्रेसमुक्त करे के शुरुआत बतवले बाड़न. नरेन्द्र मोदी अतवार का दिने देहरादून में भाजपा के शंखनाद रैली में भाषण देत कहलन कि अब हमनी के नया

किंगफिशर के संपत्ति प पहिला दावा आयकर विभाग के

बेगलूर 15 दिसंबर (वार्ता) किंगफिशर एयरलाइंस के 350 करोड रूपिया का देनदारी पर आयकर विभाग सगरी बैंकन के चेतवले बा कि कंपनी के संपत्ति प पहिला हक ओकर बा. आयकर विभाग के कहना बा कि किंगफिशर पिछला कई साल से तनखाह आ अउरी भुगतान प टैक्स काटत आइल बा बाकि आयकर जमा ना कइलसि. ओने

पुलिस बहाली के परीक्षा देबे जात कनिया के मौत

जौनपुर. 15 दिसम्बर (वार्ता) सिंगरामऊ इलाका में आजु पुलिस बहाली के इम्तिहान देबे जात एगो कनिया के मौत सड़क हादसा में हो गइल. आ ओकर पति घवाहिल हो गइल. पुलिस के कहना बा कि सुलतानपुर के चांदा इलाका के अरजी गांव के लक्ष्मी शंकर मौर्य अपना मेहरारू एकइस बरीस के शालिनी मौर्य के इम्तिहान दिआवे

सरकारी लोकपाल के मिलल अन्ना के सर्मथन केजरीवाल के मायूस करा दिहलसि

नयी दिल्ली . 15 दिसंबर (वार्ता) आ आपा के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल के अफसोस बा कि अन्ना सरकारी लोकपाल विधेयक के काहे मान लिहलन. उनका लागत बा कि अन्ना के एह बारे में गलत समुझावल गइल बा तबहिएं उ एकर समर्थन कइले बाड़न. केजरीवाल के कहना बा कि एह लोकपाल से एगो चूहो के

प्रो.पीयूष रंजन के बीर बहादुर सिंह पूर्वान्चल वि वि के कुलपति बनावल गइल

जौनपुर 15 दिसम्बर (वार्ता) उत्तरप्रदेश के राज्यपाल आ विश्वविद्यालयन के कुलाधिपति बी.एल.जोशी मोती लाल नेहरु राष्ट्रीय प्रौद्योगिकी संस्थान के स्कूल आफ स्टडीज विभाग के प्रोफेसर डा.पीयूष रंजन अग्रवाल के बीर बहादुर सिंह पूर्वान्चल विश्व विद्यालय जौनपुर के कुलपति नियुक्त कइले बाड़न. विश्वविद्यालय के मौजूदा कुलपति प्रो.सुन्दरलाल के कार्यकाल बीस दिसम्बर के पूरा होखत बा. डा.पीयूष

गोलीबारी से नवही का मौत का बाद बवाल कटले गाँव वाले

आरा 15 दिसम्बर (वार्ता) भोजपुर के आरा नगर थाना के धरहरा मे गोलीबारी में एगो नवही के हत्या का खिलाफ लोग अतवार का सबेरही से नेशनल हाईवे तीस जाम क के राख दीहल. पुलिस बतावत बिया कि पिछला महीना पन्द्रह नवंबर के धरहरा मोड़ का नियरा ठेकेदार विपिन चौधरी परमानंद यादव के गोली मार के

Older Posts›› ‹‹Newer Posts