Archives for January 2014
बेतिया 29 जनवरी (वार्ता) बेतिया जेल से आजु फजीरे दू गो कैदी जेल प्रशासन के चकमा देके फरार हो गइले स. एहमे पिपरा निवासी कृष्णा राम आ लाल बिहारी प्रसाद के नाम बा. दुनू जंगला तूड़ के भागल बाड़े, कृष्णा राम के रेल डकैती का मामिला मे गिरफ्तार कइल गइल रहे आ लाल बिहारी के
पटना 29 जनवरी (वार्ता) राज्यसभा के दुबारा उम्मीदवार ना बनवला का चलते जदयू: के बड़का नेता शिवानंद तिवारी नाराज हो गइल बाड़न आ लोकसभा चुनाव लड़े से इंकार क दिहले बाड़न. उनुकर कहना बा कि नीतीश उनुका के बक्सर से लोकसभा चुनाव लड़वा के हरवावल चाहत बाड़न. नीतीश के नीयत उनुका बोली से झलकत बा
हाजीपुर 29 जनवरी (वार्ता) सोनपुर मंडल के कटरिया आ कोसी केबिन का बीच चलत नॉन इंटरलॉकिंग के काम का चलते गाड़ी संख्या 55223 अउर 55224 दरभंगा कटिहार दरभंगा सवारी गाड़ी आ गाड़ी संख्या 28181 अउर 28182 कटिहार टाटा कटिहार लिंक एक्सप्रेस के 31 जनवरी ले रद्द क दीहल बा. साथही कटिहार से दरभंगा के बीच
गाजीपुर 29जनवरी (वार्ता) कबो पूर्वांचल के राजनीति के केन्द्र रहल गाजीपुर के हाल इ हो गइल बा कि राजनीतिक गोलन के चुनाव लड़े ला स्थानीय उम्मीदवार नइखन भेंटात. एही चलते बाहर से आइल उम्मीदवारन के चुनाव लड़वावे पड़त बा. शुरू कइलसि बसपा जे चंदौली के कैलाश नाथ यादव के टिकट दिहलसि. एकरा बाद सपा बांदा
जौनपुर 29 जनवरी (वार्ता) लाइन बाजार मे काल्हु रात कुछ चोर ट्यूबवेल कालोनी मे नलकूप विभाग के गोदाम के चौकीदार के बान्ह के गोदाम से बारह लाख रुपिया के सामान आ उपकरण चोरा ले गइले. चोरावल सामान दू बेर मे अपना पिकअप वान से ठोवले सँ चोर.
नयी दिल्ली 29 जनवरी (वार्ता) केन्द्र मे दस साल से सरकार चलावत संप्रग आ कांग्रेस के अध्यक्षा सोनिया गांधी आजु दिल्ली में बोलावल वक्फ विकास निगम के बइठक में कहली कि फिरकावाराना वारदात रोके वाला कानून संसद के अगिला सत्र मे ले आई सरकार. एही बइठक में आजु प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के भाषण बेरा एगो
बेतिया 29 जनवरी (वार्ता) नेपाल के सीमा से लागल गोपालपुर थाना के शिवाघाट पुल का नियरा आझु सबेरे पुलिस चार गो तस्करन के गिरफ्तार क लिहलसि. ओकनी का लगे से उनइस किलो चरस बरामद भइल. पुलिस के पता चलल रहे कि कुछ तस्कर ट्रैक्टर से चरस ले के नेपाल ओरी से आवत बाड़े. एह जानकारी
लखनऊ 29 जनवरी (वार्ता) लखनऊ मे आजु आपन तैंतीस गो माँग ले के प्रदर्शन करे उतरल विद्यार्थी परिषद के कार्यकर्तन प पुलिस के लाठी चार्ज से नाहियो त बीसन कार्यकर्ता घवाहिल हो गइले. शिक्षा के व्यवसायीकरण, छात्रवृत्ति मे मुस्लिम तुष्टिकरण, आ संस्कृत विद्यालयन से भेदभाव का खिलाफ विधानसभा का सोझा होखत एह प्रदर्शन के हटावे
काल्हु बियफे का दिने मौनी अमवसा के परव मनावल जाई. इलाहाबाद के माघ मेला के इ तिसरका आ सबले खास नहान ह. एह मौका प नाहियो त अस्सी लाख लोग संगम नहाए चहुँपी.
बिहार विद्यालय परीक्षा समिति मैट्रिक परीक्षा के फार्म भरे के तारीख इकतीस जनवरी ले बढ़ा दिहले बिया. समिति के अध्यक्ष प्रो॰राजमणि प्रसाद बतवले कि पच्चीस जनवरी का बाद फार्म भरे वाला लोग के एक सौ रुपिया दंड देबे के पड़ी. पहिले एगारहे जनवरी ले लोग फार्म भर सकत रहे. इहो बतावल गइल बा कि सतरह
देवरिया 29 जनवरी (वार्ता) जिला के एगो अदालत राजेन्द्र, अरुण राय उर्फ मुन्ना, आ विश्वजीत नाम के तीन गो कुकर्मियन के गौरी बाजार थाना के चरियांव खास गांव के एगो लइकी संगे सामूहिक कुकर्म करे का अपराध मे बीस बीस साल के जेल आ इकइस हजार रुपिया के जुर्माना लगा दिहलसि. साल 2012 के 08
लखनऊ 29 जनवरी (वार्ता) समाजवादी पार्टी अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव के कहना बा कि कांग्रेस दुमुँहा चरितर वाली धोखेबाज पार्टी हिय आ एकरा कहला आ कइला में बहुते फरक होला. पत्रकार राधेकृष्ण के लिखल किताब में सपा मुखिया मुलायम सिंह के आलेख में छपल बा कि कांग्रेस डूबत जहाज हियऽ. धोखेबाजन के अंत अइसने होला.
बक्सर 29 जनवरी (वार्ता) चौसा थाना के बाजार घाट का नियरा गंगा नदी मे भइल नाव हादसा में लापता पन्द्रह लोग मे से चार जने के लाश आजु सबेरे बरामद हो गइल. एहमें तीन गो औरतन के लाश ह आ एगो बच्ची के. बाकी लोग के तलाशे के काम जारी बा. मिलल लाशन के अबही
छपरा-सिवान रेलखंड के एकमा टीसन प बुध का दिने कवनो बात प लालपुर आ भरहोपुर गाँव के लड़िकन का बीच मारपीट हो गइल. एह मारपीट में पाँच छह गो लड़िका घवाहिल हो गइले. जानकारी पवते एकमा पुलिस टीसन प चहुँपल बाकि तबले मारपीट करे वाला खसक गइल रहले. बतावल जात बा कि एह लड़िकन का
सिवान से निर्दलीय सांसद ओमप्रकाश यादव सोमार का दिने भाजपा के सदस्य बन गइले. एही दिन सांसद रहल जदयू नेता स्व॰ दिग्विजय सिंह के पत्नी आ सांसद पुतुल कुमारी सिंह भाजपा मे आ गइली. कुछ अउरीओ सांसद भाजपा मे घुसे के राह तलाशत बाड़े.
काल्हु वाराणसी मे निर्वाचन आयोग का तरफ से नवहियन के वोट करेला उत्साहित करे खातिर मतदाता जागरुकता बस पहुँचल. दिन भर अलग अलग महाविद्यालयन मे जा के विद्यार्थियन के जागरुक करावल गइल. एह कार्यक्रम मे मशहूर लोक गायिका मालिनी अवस्थी गीत गवली कि “भईया काहे अलसइला मतदान बेरिया”. नाटक मंडली के नुक्कड़ नाटको देखावल गइल.
बलिया जिला के बांसडीह रोड क्रासिंग का लगे से पुलिस इनामी बदमाश गोन्हिया छपरा के गोलू सिंह के ध लिहलसि. ओकरा लगे से तीन हजार रुपिया आ एगो गेरकानूनी इटालियन पिस्टल मिलल बा. गोलू प पिछला दिने एगो सर्राफा व्यवसायी के लूटे के आरोप समेत चार गो अउरी मामिला दर्ज बा. पकड़े वाल टीम के
कैमूर जिला के चेहरिया में मध्य बिहार ग्रामीण बैंक के शाखा से साढ़े आठ लाख रुपिया लूट लीहल गइल. सोमार का दुपहरिया मे पाँच गो डकैत बैंक मे घुसले आ कर्मचारियन आ ग्राहक लोग के एगो कोठरी मे बन्द क के रुपिया लूट लिहले. बतावल जात बा कि गेट प खड़ा दरवान के हड़का के
नई दिल्ली।7 जनवरी (वार्ता) ऐन वक्त प कांग्रेस राहुल गांधी के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार ना बनावे के फैसला कइलसि आ कहलसि कि संविधान में कहल गइल बा कि प्रधानमंत्री जीतल सांसद चुनेले. कांग्रेस राहुल के अपनाच चुनाव के मुखिया बनावे के एलान कइलसि. कांग्रेस के एह फैसला का बाद भाजपा अब अपना के देश
नयी दिल्ली।7 जनवरी (वार्ता) केद्रीय मानव संसाधन राज्य मंत्री शशि थरूर के मेहरारू के लाश आजु दिल्ली मे एगो होटल का कमरा मे मिलल. मामिला संदिग्ध मान के पुलिस जाँच करे मेलागल बिया आ लाश के पोस्टमार्टम ला भेजल गइल बा. कुछ दिन पहिले शशि थरूर के चक्कर एगो पाकिस्तानी पत्रकार से होखे के आरोप
Older Posts››