Go to ...
RSS Feed

उ.प्र. में सोलह गो अपराधियन के गिरफ्तारी से अनेके घटना के खुलासा


लखनऊ 04 जनवरी (वार्ता) पुलिस पिछला 24 घंटे मे अनेके घटना के खुलासा करत 16 गो आरोपियन के गिरफ्तार क लिहले बिया.

सहारनपुर में पिछला 22 दिसम्बर के भइल सर्राफा व्यापारी किशन चन्द किहाँ लूट के खुलासा करत तीन गो लुटेरन, प्रवीण उर्फ कुक्कू, बाबर आ अजहरूद्दीन उर्फ अज्जू, के गिरफ्तार कइल गइल आ ओकनी का लगे से गहना, मोटरसाइकिल, आ असलहा बरामद भइल.

गाजीपुर के जंगीपुर इलाका में पिछला दू जनवरी के गल्ला व्यापारी जंग बहादुर गुप्ता के दुकान से भइल लूट के खुलासा करत अमन कुमार यादव, नन्दू यादव, भैरो यादव आ मड्डी यादव उर्फ कल्लू यादव के गिरफ्तार क लीहल बा. ओकनी का लगे से साढ़े आठ लाख रुपिया, असलहा, तीन गो मोबाइल फोन आ दू गो मोटरसाइकिल बरामद भइल बा.

पुलिस प्रवक्ता के कहना बा कि इ लुटेरा बिहार के कटिहार जिला के बंजारा जाति के हवें से जे जगहे जगह घूम घूम के अपराध करेले सँ.

चंदौली पुलिस कोतवाली इलाका में पिछला 20 दिसम्बर के भइल हत्या का मामिला में दू गो आरिपियन के गिरफ्तार क लिहलसि. एही में मरे वाला के मेहरारुओ शामिल बिया जवन अपना इयार से मिल के अपना भतार के जान ले लिहलसि. एहमें कुछ अउरीओ अपराधी शामिल रहले जवनन के पकड़े में पुलिस लागल बिया.

Tags: , , ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: