web analytics

काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के प्रोफेसर बर्खास्त

वाराणसी 04 जनवरी (वार्ता) करीब एक साल से निलंबित काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के भू.गर्भ शास्त्र विभाग के प्रोफेसर रामाश्रय प्रसाद सिंह के आखिरकार बर्खास्त क दीहल गइल.

जब प्राक्टोरियल टीम एह बात के पाती देबे चहुँपल त उ घर प ना रहलन आ उनकर मेहरारू पाती लेबे से नकार दिहली त टीम उनका दुआर पर पाती साट के चल आइल.

प्रो॰ सिंह पर आरोप रहल कि उ बी.ए.यू. शिक्षक संघ के लेटर पैड के दुरुपयोग कइलन, कुलपति का खिलाफ अपशब्द कहलन, आ बिना अनुमति अपना डेरा प पत्रकार वार्ता कइलन. उनका प एलटीसी मे गडबडीओ करे के आरोप रहे. एह आरोपन के न्यायायिक जाँच करवला का बाद विश्वविद्यालय प्रशासन प्रो. सिंह के बर्खास्त करे के फैसला लिहलसि.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: