web analytics

थाना प्रभारी समेत चार गो अउरीओ पुलिर्सकमी निलम्बित

मऊ 04 जनवरी (वार्ता) मऊ जिला के पुलिस अधीक्षक तीस हजार रुपये के इनामी बदमाश रमेश सिंह काका के अदालत मे आत्मसमर्पण कइला का बाद लापरवाही बरते के आरोप मे थाना प्रभारी समेत चार गो पुलिर्सकमियन के निलम्बित कर दिहले.

पुलिस अधीक्षक दिनेश चन्द दुबे आजु बतवले कि जिला के सरायलखंसी क्षेत्र मे दू गो हत्या आ वाराणसी के डिप्टी जेलरके पिछला दिने भइल हत्या के आरोपी रमेश सिंह काका के गिरफ्तार करे के जिम्मा सरायलखंसी के प्रभारी के दीहल रहे. एह बीच काका तीन जनवरी के मुख्य दंडाधिकारी के अदालत मे आत्मसमर्पण करे में सफल हो गइल.

एह लापरवाही खातिर सरायलखंसी के थाना प्रभारी रामनरेश यादव, क्राइम ब्रांच के राकेश सिंह, चौकी प्रभारी राकेश जायसवाल आ दू गो अउरीओ पुलिर्सकर्मी मारकण्डेय सिंह आ उदय नारायण सिंह के तुरत प्रभाव से निलम्बित क दीहल गइल बा.

 144 total views,  5 views today

%d bloggers like this: