आजमगढ 04 जनवरी (वार्ता) आजमगढ जिला मे अलग अलग हादसा में एगो अध्यापक समेत दू जने के मौत हो गइल.
पुलिस के मुताबिक तरवां इलाका के सिंहपुर सरैया गांव मे स्कूल में माटी लदाइल ट्रैक्टर ट्राली पलटला से ओहिजा खड़ा एगो अध्यापक अड़तीस साल के सुरेन्द्र यादव.दबा के मर गइले.
दोसर घटना वरदह इलाका के जिवली मोड का नियरा भइल जब सडक पार करत चालीस साल के फेफना देवी एगो जीप का चपेटा में आ गइली आ घवाहिल हो गइली. बाद में सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र प उनकर मौत हो गइल.
274 total views, 10 views today