web analytics

जीएसएलवी के सफलता से अंतरिक्ष में पठवला प इसरो के मिले वाला बधाईयन के तांता

gslvश्रीहरिकोटा.05 जनवरी (वार्ता) अपने देश में बनल क्रायोजेनिक इंजन से चलेवाला संचार उपग्रह जीएसएलवी डी. 5 के सफलता से अंतरिक्ष में पठा के भारत के चुनिंदा देशन का पाँत में ले आवे खातिर भारतीय अंतरिक्ष संगठन इसरो के बधाई देबे वालन के तांता लागल बा.

श्रीहरिकोटा के सतीश धवन अंतरिक्ष केन्द्र के दुसरका प्रक्षेपण पैड से 16 बज के 18 मिनट पर जीएसएलवी डी.5 के अंतरिक्ष में पठावल गइल. एकरा बाद इ वाहन 982 किलोग्राम वजन के संचार उपग्रह जीसेट.14 के भूस्थैतिक कक्षा मे सफलता से स्थापित क दिहलसि.

 57 total views,  2 views today

%d bloggers like this: