web analytics

ट्रेन का सोझा अपना दू गो बेटियन संगे कूद के एगो औरत जान दिहलसि

गोरखपुर. 05 जनवरी (वार्ता) पिपराइच इलाका में गोरखपुर.नरकटिया रेलवे ट्रैक प एगो औरत अपना दू गो बेटियन संगे ट्रेन का आगा कूद के जान दे दिहलसि.

पुलिस के कहना बा कि पिपराइच इलाका के नूरी गांव का नियरा भगवान सिंह के मेहरारू पैंतालीस बरीस के चन्द्रावती, आ ओकर दू गो बेटियन, पचीस साल के राधिका आ बारह साल के नीता के लाश गोरखपुर.नरकटिया रेलवे ट्रैक पर कताइल मिलल बा. पहिला नजर में लागत बा कि पारिवारिक कलह का चलते भइल खुदकुशी के मामिला ह.

 172 total views,  10 views today

%d bloggers like this: