web analytics

नेपाल बोर्डर से 32 लाख के चरस बरामद

बेतिया 05 जनवरी (वार्ता) इनरवा थाना इलाका में नेपाल बोर्डर से पुलिस 32 लाख रूपिया के चरस बरामद कइले बिया.

भारत नेपाल सीमा पर तैनात 13 वीं बटालियन के एसएसबी के सहायक सेना नायक नरेश कुमार जिंगड़ा बतवले कि एगो आदमी जब भारत सीमा में घुसत रहुवे त जवना ओकर पीछा कइले. एह प उ आपन झोरा फेंक के नेपाल सीमा मे परा गइल.

झोरा के तलाशी में 32 लाख रूपिया दाम के चरस बरामद भइल. एकरा बाद बोर्डर इलाका में गश्त तेज क दीहल गइल बा.

 277 total views,  5 views today

%d bloggers like this: