बाबा रामदेव के उम्मीदन पर खरा उतरे के बात कहलन नरेन्द्र मोदी

NaMoनयी दिल्ली.05 जनवरी (वार्ता) गुजरात के मुख्यमंत्री आ भाजपा के पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी आजु योगगुरू बाबा रामदेव के उम्मीदन पर खरा उतरे के वादा करत कहलन कि अगर भाजपा सत्ता मे आवत बिया त उ बाबा जे उठावल मुद्दन के सौ फीसदी पूरा करीहें.

योग गुरू बाबा रामदेव के एगो कार्यक्रम मे आइल नरेन्द्र मोदी कहले कि अगिला चुनाव ऐतिहासिक होखी. अगर भाजपा सत्ता मे आई त कर प्रणाली के सरल बनावे के कोशिश कइल जाई. कहलन कि देश के विकास ला मंगल ग्रह से नेता बोलावे के जरूरत ना होके सही नीतियन के लागू करे के जरूरत बा.

मोदी कहले कि उनका जिनिगी में निराशा नाम के कवनो बात नइखे. उनकर महतारी बचपने से आशावादी होखल सिखवले बाड़ी. कहलन कि जब उनका प बेमतलब के अछरंग लगावल जाला तबो उनका इहे लागेला कि देश के लोग के धन्यवाद कि एगो चाय बेचेवाला के अपना कान्हे उठा लिहले बा.