Go to ...
RSS Feed

मुजफ्फरनगर दंगा में आरोपित मुस्लिम नेतवन प से मुकदमा हटाई सपा सरकार


मुजफफरनगर 05 जनवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के सपा सरकार मुजफ्फरनगर दंगा मे आरोपी मुस्लिम नेतवन प दर्ज मुकदमा हटावे के जुगत बइठावे में लागल बिया. अइसन संकेत राज्य के कारागार मंत्री आ सपा बोलतुआ राजेन्द्र चौधरी दिहलन.

बतावल जात बा कि मुजफ्फरनगर दंगा ले के कांग्रेस, भाजपा, बसपा. रालोद, आ राजद ले सगरी गोल अखिलेश सरकार के घेरे में लागल बावे. प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी, उपाध्यक्ष राहुल गांधी, भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह, केन्द्रीय नागरिक आ उड्डयन मंत्री अजित सिंह आ राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव सभे मुजफ्फरनगर के दंगा पीडितन से भेट क चुकल बाड़े आ सभे एह दंगा ला अखिलेश सरकार पर निशाना सधलसि.

सुने में आवत बा कि कवना कवना मुस्लिम नेता प से मुकदमा हटावल जाव एह बारे में मेरठ जोन के पुलिस महानिरीक्षक आशुतोष पाण्डेय आ मुजफफरनगर के जिलाधिकारी अउर वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक से राय लीहल जाई.

Tags: , , ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: