Go to ...
RSS Feed

रोहतास से छह गो अपराधी असलहा समेत गिरफ्तार


डेहरी आन सोन 05 जनवरी (वार्ता). नगर थाना इलाका से काल्हु छह गो अपराधियन के अपराध के योजना बनावत घरी गिरफ्तार क लीहल गइल. ओहनी का लगे से बहुते हथियारो बरामद भइल बा.

पुलिस अधीक्षक विकास वर्मन बतवले कि जानकारी मिलल रहे कि आरा जेल मे बंद कुख्यात अपराधी बीरू उर्फ बीरा के गिरोह जीटी रोड़ पर जमुहार के नियरा कवनो बड़हन घटना करे ला बिटोराइल बा. पुलिस तुरते कार्रवाई कइलसि आ छह गो अपराधियन के ध लिहलसि. ओहनी का लगे से तीन गो देशी कट्टा, आठ गो कारतूस, आठ गो मोबाइल आ एगो इंडिगो गाड़ी बरामद भइल बा.

Tags: ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: