आजमगढ 05 जनवरी (वार्ता) देवगांव कोतवाली के आजमगढ वाराणसी राजमार्ग पर काल्हु रात एगो ट्रक आ कार के टक्कर में एके परिवार के चार लोग के मौत हो गइल.
बतावल जात बा कि गंभीरपुर इलाका के रामपुर गाँव के पैंसठ साल के सहदेव यादव के इलाज बनारस से करा के परिवार अपना घरे लवटत रहुवे जब इ हादसा भइल. एह हादसा में सहदेव यादव, उनकर मेहरारु तिरसठ साल के इन्दिरा यादव, आ बड़ बेटा पैंतालीस साल के छोटेलाल के मौत ठाँवे प हो गइल. छोटका बेटा बत्तीस साल के पृथ्वीपाल के मौत बाद में अस्पताल में हो गइल.