Go to ...
RSS Feed

सपा से निकालल डा॰ के॰पी॰ यादव निर्दलीय हो के जौनपुर से लड़ीहे


जौनपुर 05 जनवरी (वार्ता) पिछला दिने सपा से निकालल गइल आ गौ सेवा आयोग के अध्यक्ष रहल डा॰ के॰पी॰ यादव के कहना बा कि उ अगिला लोकसभा चुनाव जौनपुर से निर्दल हो के लड़ीहें.

बदलापुर मे बोलावल जनता के अदालत.मे केपी यादव आपन बात कहत रहले. कहलन कि सपा के जौनपुरे मे ना पूरा यूपी से सफाया तय बा काहे कि सपा में अब कार्यकर्तन के ना चाटुकारन के चलती हो गइल बा. कहलन कि उनकर राजनीतिक हत्या के कोशिश करे वालन के जवाब जौनपुर के जनता दी. कहलन कि उनुका के एगो आदमी कहला प निकालल गइल बा.

Tags: ,

More Stories From चुनाव

%d bloggers like this: