web analytics

एगो किशोरी फाँसी लगा लिहलसि

गाजीपुर 07 जनवरी (वार्ता) गाजीपुर शहर कोतवाली इलाका में सरैयां के त्रिलोकीनाथ पाल के सतरह साल के बेटी नीलम काल्हु रात खाना खइला का बाद अपना कोठरी में चल गइल. जब दिन में देर ले उ ना निकलल त घर के औरत दरवाजा पीटे लगली. कवनो जवाब ना मिलल त भीतर गइला प देखल लोग कि उ फाँसी प लटकल बिया.

जान देबे के कारण अबही पता नइखे चलल. पुलिस मामिला दर्ज क के तफतीश करे में लागल बिया.

 288 total views,  5 views today

%d bloggers like this: