वाराणसी 06 जनवरी (वार्ता) लोहता क्षेत्र से चार गो शातिर चोरन के गिरफ्तार क के वाराणसी पुलिस ओकनी लगे से साढे सात लाख रुपिया के बैटरी बरामद कइलसि.
पुलिस बतवलसि कि लोहता इलाका मे हरपालपुर रोड से चेकिंग के दौरान चार गो शातिर चोर, बबलू सिंह, लवकुश पटेल, नीलेश पटेल अउर अनिल पटेल, के गिरफ्तार कइल गइल आ ओकनी लगे से चोरावल 178 गो कार बैटरी, एगो इन्वर्टर आ चोरी के उपकरण बरामद भइल..
चारो चोरन के जेल भेज दीहल गइल बा.
329 total views, 5 views today