Go to ...
RSS Feed

चोरावल अरघा के एगो टुकड़ा मिलल


वाराणसी 07 जनवरी (वार्ता) मंडुआडीह इलाका में कदवा स्थित पौराणिक पुरातात्विक महत्व के कर्दमेश्वर मन्दिर से एक हफ्ता पहिले चोरावल शिवलिंग के पीतल आ अष्टधातु से बनल अरघा के एगो टुकडा ककरभत्ता इलाका से बरामद क के पुलिस दू जने के गिरफ्तार क लिहलसि.

पिछला 28 दिसम्बर के रात अरघा के एगो हिस्सा काट के चोरा लीहल रहे जवना का बाद लोग बहुत खिसियाइल रहुवे आ पुलिस प बरामदगी के बहुते दबाव रहुवे.

एह बीच पुलिस के जानकारी मिलल कि कुछ लोग चोरी के अरघा बेचे वाला बाड़े. एकरा बाद पुलिस ककरभत्ता इलाके मे घेरा डाल के दुनू के ध लिहलसि. ओकनी का लगे से अरघा के टकड़ो बरामद भइल. चोर बतवले स कि कुछ हिस्सा पहिलही गला के बेच दीहल बा.

Tags:

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: