जौनपुर 06 जनवरी (वार्ता) अपर जिला अउर सत्र न्यायाधीश (चतुर्थ) दामोदर सिंह के जौनपुर कुटुम्ब न्यायालय के प्रधान न्यायाधीश बनावल गइल बा. अब उ पारिवारिक झगड़ा वाला सगरी मामिला के फैसला करीहें.
इ जानकारी देत जिला न्यायाधीश राकेश कुमार बतवले कि हाईकोर्ट इलाहाबाद आ प्रदेश सरकार के आदेश प जौनपुर जिला मे कुटुम्ब न्यायालय के स्थापना भइल बा. अइसने कुटुम्ब न्यायालय राज्य के उनसठ जिलन में बनावे के आदेश बावे.
305 total views, 5 views today