नयी दिल्ली. 07 जनवरी (वार्ता) आस्ट्रेलिया जवना तरह एशेज मुकाबला मे इंग्लैड के बेरहमी से पाँच शून्य से अपना घरेलू जमीन पर रउंदलसि ओकरा से इ बात साबित हो गइल कि टीम इंडिए ना अउरिओ टीम घरे के शेर बाड़ी सं.
आस्ट्रेलिया साल 2013 मे इंग्लैंड मे एशेज सीरिज तीन शून्य से हारल रहे आ अब अपना जमीन प इंग्लैंड के पाँच शून्य से हरा दिहलसि. दक्षिण अफ्रीका के दौरा प गइल भारत के टीम दू टेस्ट के सीरिज एक शून्य से गँववले रहुवे त सवाल उठल रहे कि काहे भारत के टीम के विदेशी जमीन प जीत के लाला पड़ जाला.
साल 2013 मे भारत कुल आठ टेस्टन मे से छह गो अपना जमीन प जीतलसि आ विदेशी जमीन पर दू गो में से एगो हारल. अइसहीं अउरिओ देश के टीमन के हाल बा जे सिर्फ अपना घरेलुए मैदान प सीरिज जीतली स आ विदशी जमीन प हाथ गोड़ फूला गइल. एह साल भइल सतरह गो सीरिज में से एकहू में कवनो टीम दोसरा देश का जमीन पर ना जीतल.