कोलकाता 06 जनवरी (वार्ता) एगो इंटर्न के यौन शोषण के आरोप से घेराइल न्यायमूर्ति अशोक कुमार गांगुली आखिरकार पश्चिम बंगाल मानवाधिकार आयोग के अध्यक्ष पद से आज इस्तीफा दे दिहलन.
इस्तीफा देबे से पहिले उ राज भवन जा के पश्चिम बंगाल के राज्यपाल एम के नारायणन से भेंट कइलन आ आधा घंटा बतिया के आपन इस्तीफा दे दिहलन. कहलन कि अपना परिवार के बेकार के फजीहत से बचावे ला आपन इस्तीफा देत बाड़न. अपना प लागल आरोप के झूठ बतवले न्यायमूर्ति गांगुली.
214 total views, 5 views today