web analytics

बस आ मोटरसाइकिल के भिड़न्त मे दू जने के मौत दू जने घवाहिल

वाराणसी 07 जनवरी (वार्ता) लोहता इलाका मे आजु एगो बस आ मोटरसाइकिल के बीच के टक्कर से एगो औरत समेत दू जने के मौत हो गइल आ दू गो अउर आदमी घवाहिल हो गइले.

पुलिस बतवलसि कि सोनभद्र के मीरा यादव, 19 बरीस, मडुआडीह मे अपना परिचित अजीत प्रजापति किहाँ डाक्टर से देखावे आइल रही. सबेर में उ अजीत आ दीपक का साथे मोटरसाइकिल से शहर आवत रही जब अलाउद्दीनपुर गांव का लगे भदोही जात एगो निजी बस ओकरा के टक्कर मार दिहलसि. एह टक्कत से तीस बरीस के अजीत प्रजापति आ मीरा यादव के मौत ठाँवे प हो गइल. दीपक घवाहिल हो के बाच गइले.

एह हादसा में एगो चाय बेचे वाला आदमी भैयालालो गम्भीराह घवाहिल हो गइल. लोग बस चालक के पकड़ के पुलिस के सँउप दीहल.

 217 total views,  5 views today

%d bloggers like this: