web analytics

बॉलीवुड मे 500 करोड़ रूपिया के कमाई करे वाली पहिलका फिलिम हो गइल “धूम 3”

मुंबई 07 जनवरी (वार्ता). बॉलीवुड अभिनेता आमिर खान के फिलिम “धूम 3” ओवरसीज मिला के 500 करोड़ रूपिया से अधिका के कमाई करे वाली पहिलका फिलिम बन गइल बिया.

यश राज बैनर में बनल धूम 3 पिछला 20 दिसंबर के रिलीज भइल रहुवे. बॉक्स आफिस के आंकड़ा से धूम 3 अबहीले भारतीय बाजार मे नेट 266 करोड़ रूपिया के कमाई कइले बिया. ओवरसीज मे एकर कमाई करीब 154 करोड़ रूपिया के रहल बा.

इहो जान जाईं कि धूम के पहिला संस्करण साल 2004 मे आ दुसरका संस्करण साल 2006 मे बनावल गइल रहुवे, विजय कृष्ण आचार्य के निर्देशन मे बनल धूम 3 मे आमिर खान के अलावा अभिषेक बच्चन, कैटरीना कैफ आ उदय चोंपड़ा के खास भूमिका बा.

 322 total views,  2 views today

%d bloggers like this: