पटना 07 जनवरी (वार्ता) पंचायतने के अउरी अधिकार दिआवे आ पूरा नशाबंदी करे के मांग लेके बिहार मुखिया महासंघ बुध का दिने बिहार बंद करे के गोहार लगवले बा.
प्रदेश मुखिया महासंघ के अध्यक्ष प्रियर्दशनी शाही उर्फ मुन्नू शाही बतवलन कि बंद गाँवन ला बा बाकिर एकर असर सगरी राज्य पर पड़ी. कहलन कि बेर बेर के निहोरा का बादो नीतीश सरकार का तरफ से मुखिया आ पंचायत प्रतिनिधियन के पूरा अधिकार नइखे मिलत. कहलन कि दुख एह बात के बा कि एगो मुखिया अपना इलाका के कवनो जरूरतमंद के एक किलो राशन भा एक लीटर किरासन तेल ले ना दे सके.
180 total views, 5 views today