वाराणसी 06 जनवरी (वार्ता) वाराणसी पुलिस आजु एगो व्यापारी से रंगदारी मांगे वाला हिस्ट्रीशीटर बदमाश के मछोदरी पार्क से गिरफ्तार क लिहलसि.
पुलिस बतवलसि कि आदमपुरा के रहे वाला इ बदमाश मनीष सारस्वत इलाके के एगो व्यापारी सागर शर्मा से तीस लाख रुपिया रंगदारी मांगत रहुवे . व्यापारी का शिकायत प पुलिस एह बदमाश के फोन र्सविलांस प रखले रहुवे आ एकरे से मिलल जानकारी से एकरा के मछोदरी पार्क से गिरफ्तार क लीहल गइल. बदमाश का लगे से मोबाइल सेटो बरामद क लीहल गइल.
गिरफ्तार बदमाश के कहना बा कि उ रुपिया पइसा के तंगी से गुजरत रहुवे आ एही चलते ओह व्यापारी से रंगदारी मांगत रहुवे.
307 total views, 5 views today