गोण्डा 06 जनवरी (वार्ता) मनकापुर कोतवाली इलाका में आजु एगो ट्रक से धक्का लगला का बाद एगो मोटर साइकिल सवार के मौत हो गइल.
पुलिस से मालूम भइल कि रामकिशुन नाम के आदमी मोटरसाइकिल से कुडासन बाजार से आवत रहुवे जब ओकरा के एगो बेकाबू ट्रक धक्का मार दिहलसि. रामकिशुन के मौत ठाँवे प हो गइल.
हादसा का बाद ट्रक ड्राइवर ट्रक छोड़ के भाग गइल. पुलिस ट्रक कब्जा मे ले के ड्राइवर के खोजत बिया.
319 total views, 2 views today