web analytics

सर्राफा व्यापारी का दुकान से सतरह लाख के डकैती

जौनपुर 07 जनवरी (वार्ता) केराकत इलाका में आजु सझिया कुछ डकैत आनन्द ज्वेलर्स के दुकान प धावा बोलके डेढ लाख रुपिया नगदी आ आधा किलो सोना के गहना लूट ले गइले.

पुलिस से पता चलल कि करीब साढे सात बजे साँझ के तीन गो हथियारबंद डकैत गोला बाजार में आनन्द ज्वेलर्स दुकान पर धमकले मालिक आनन्द सेठ से रिवाल्वर सटा दिहले. एगो बदमाश कैश बाक्स मे राखल डेढ लाख रुपिया आ शोरुम मे राखल आधा किलो सोना के गहना बटोर लिहलसि. लूटल गहना के दाम पन्द्रह लाख से अधिका बतावल जात बा.

सरेशाम भइल एह घटना से व्यापारियन में दहशत समा गइल बा. मामिला दर्ज क के पुलिस लुटेरन के खोजे मे लागल बिया.

 222 total views,  5 views today

%d bloggers like this: