web analytics

20 किलो नेपाली चरस साथे दू गो तस्कर गिरफ्तार

मोतिहारी 07 जनवरी (वार्ता) मोतिहारी रेलवे टीसन के मालगोदाम का नियरा से पुलिस आजु दू गो तस्करन के गिरफ्तार के के ओकनी का लगे से बीस किलो नेपाली चरस बरामद कइलसि.

पुलिस बतावत बिया कि खुफिया जानकारी मिलल रहुवे कि कुछ तस्कर नेपाल से चरस ले के मोतिहारी टीसन ओरि जात बाड़े. एह प पुलिस घेराबंदी क के दू गो तस्करन के गिरफ्तार क लिहलसि. एकनी का लगे से पैकेट मे बंद 20 किलो चरस बरामद भइल.

 358 total views,  2 views today

%d bloggers like this: