मुंर्अी 10 जनवरी (वार्ता)बॉलीवुड के मशहूर अभिनेत्री आ फिल्मकार अरबाज खान के मेहरारू मलाइका अरोड़ा खान के आइटम गर्ल कहावल नीक ना लागे.
छइया छइया आ मुन्नी बदनाम हुई जइसब आइटम नंबर से दर्शकन बीच आपन खास पहचान बना चुकल मलाइका के आइटम गर्ल कहाइल नीक ना लागे. उनका इ बात अपमान करे वाला आ बेवकूफी वाला लागेला.
आजुकाल्हु प्रियंका चोपड़ा, कैटरीना कैफ, सोनाक्षी सिन्हा, दीपिका पादुकोण आ करीना कपूर समेत बॉलीवुड के अनेके टॉप अभिनेत्रियां आइटम नंबर करत बाड़ी. एह बारे में मलाइका कहली कि उनका ना लागे कि हीरोइन लोग आइटम नंबर मे घुसपैठ करत बाड़ी. एकरा के एगो खास गाना भर माने के चाहीं आ इ मनोरंजन करेला.
288 total views, 2 views today