नयी दिल्ली।0 जनवरी (वार्ता) पुलिस अधिकारी रहल किरण बेदी काल्हु एगो टीवी चैनल प कहली कि देश मे स्थिर आ सुशासन वाला सरकार के जरूरत बा आ एहला उ आपन वोट भाजपा के प्रधानमंत्री पद उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी ला दीहें.
किरण बेदी कहली कि उनकर समर्थन अनुभवी शासन, गँवई आ शहरी भारत के ना बाँटे वाला समावेशी भारत, विकास, एकता आ देश के अखंडता ला बा. कहली कि त्रिशंकु संसद का हाल में आदमी केने जाई. एहसे मजबूत, एकजुट, जवाबदेह आ थिर सरकार ला उ नरेन्द्र मोदी के समर्थन दीहें.
जानल मानल समाजसेवी अन्ना हजारे साथे भठियरपन के खिलाफ अभियान चलावे वाली किरण बेदी टि्वटर पर लिखले बाड़ी कि उनका ला देश सबले पहिले बा. स्थिर, सुशासन, अच्छा प्रशासन, जवाबदेह अउर समावेशी भारत. एगो आजाद मतदाता का रूप में हमार वोट नरेन्द्र मोदी ला बा.