web analytics

दरोगा समेत पांच जने प मुकदमा दर्ज करे के आदेश दिहलसि अदालत

देवरिया 09 जनवरी (वार्ता) जिला के एगो अदालत रामपुर कारखाना थाना के दरोगा समेत पांच जने का खिलाफ मुकदमा दर्ज क के 48 घण्टा क भीतर रिपोर्ट देबे के आदेश दिहले बिया,

बतावल जात बा कि रामपुर कारखाना थाना के जिगनी गाँव के रामरेखा मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट के अदालत मे दफा 156,3, सीआरपीसी के तहत गोहार लगवले रहुवन कि 22 अक्टूबर के सझिया लइकन का झगड़ा में गांव के राहुल, वीरेन्द्र, राकेश, अउर बेबी ओकरा दरवाजा प आके आ घर मे घुस के उनका के आ उनुका मेहरारू के मार पीट के घाहिल क दीहल, शिकायत करे गइलन त थाना में केस दर्ज ना भइल, ओकरा बाद थाना के चौकी प्रभारी महुआडीह सुन्दर प्रसाद ओकरा के चौकी प बोलबले आ ओहिजे ओकर पिटाई कइले,

थाना से मिलल जानकारी बा कि अदालत के आदेश अबही मिलल नइखे आ मिलला प आगे के कार्रवाई होखी,

 173 total views,  10 views today

%d bloggers like this: