web analytics

दू गो शिक्षकन के गिरफ्तार क के अपहृत स्कूली छात्रा के छोड़ावल गइल

बेतिया 09 जून (वार्ता) नेपाल का सीमा से सटल सिकटा बाजार के एगो निजी स्कूल से अपहृत छात्रा के पुलिस छोड़ा लिहलसि,

पुलिस बतावत बिया कि सात साल के ओह छात्रा अंजली कुमारी के एगो दोसरा स्कूल के शिक्षक काल्हु अपहरण क लिहले रहे आ ओकरा के ऊँखि का खेत में लुका के रखले रहुवे, बाद में गाँव वालन से जानकारी मिलला प पुलिस ओह लइकी के छोड़ा लिहलसि आ ओह मास्टर सरफराज के गिरफ्तार क लिहलसि,

एह मामिला में सरफराज के सहयोगी आ अंजली के स्कूल के एगो शिक्षक रमेशो बैठा के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया, बतावल जाता कि लइकी के पिता सिकटा के व्यवसायी हउवें आ फिरौती वसूले खातिर अपहरण भइल रहुवे,

 249 total views,  5 views today

%d bloggers like this: