web analytics

देश भर मे मौसम के खबर

पुणे, 09 जनवरी (वार्ता) उत्तर पद्रेश के कुछ इलाका मे शीत लहर के प्रकोप जारी बा, जबकि असम, मेघालय, पश्चिम बंगाल, सिक्किम, ओडिशा आ बिहार के कुछ इलाकन मे तापमान सामान्य से बहुते नीचे चलत बा. झारखंड, पूर्वी उत्तर प्रदेश, सौराष्ट्र आ कच्छ मे तापमान सामान्य से नीचे चलत बा.

पश्चिमी मध्य प्रदेश, पूर्वी राजस्थान, तमिलनाडु आ केरल के कुछ इलाका में तापमान सामान्य से बहुत अधिका, पश्चिमी उत्तर प्रदेश, पश्चिमी राजस्थान, विदर्भ, पूर्वी मध्य प्रदेश, गुजरात, कोकंण, गोवा, छत्तीसगढ, तटीय आंध्र प्रदेश आ तेलंगाना के कुछ हिस्सन में सामान्य से अधिक रहल. देश के बाकी इलाका में तापमान वइसने रहल जइसन रहेला.

काल्हु बलिया समेत कुछेक जगहा बूंदा बादी का बाद ओह इलाकन में शीतलहरी के कहर बढ़ गइल बा.

 190 total views,  10 views today

%d bloggers like this: