web analytics

पचीस साल से अधिगृहित जमीन पर नहर बनावे के विरोध

गाजीपुर 10 जनवरी (वार्ता) मुहम्मदाबाद तहसील के दहेन्दु गांव के किसान करीब 25 साल पहिले अधिगृहित जमीन प अब नहर खोदवाए के विरोध करत बाड़े.

बतावता लोग कि दहेन्दु गांव मे सिंचाई बदे साल 1987 मे अधिगृहित जमीन के मुआवजा सरकार किसानन के दे दिहले रहुवे बाकि बाद में पावल गइल कि उ जमीन नहर का हिसाब से नइखे त मुआवजा लवटा के किसान लोग जमीन वापिस ले लिहले रहुवे.

एगारह साल पहिले दू सितम्बर 2002 के मुख्य राजस्व अधिकारी के आदेश मिलल रहे कि किसानन के जमीन वापिस क दीहल जाव. ओकरा बाद किसान लोग के राहत मिलल रहुवे, बाकि अब एक हफ्ता पहिले बिना कवनो खबर दिहले फसल से लहलहात खेतन में जेसीबी से नहर खोदे के काम शुरू करा दीहल गइल.

एह बारे में सिंचाई विभाग के अधिशासी अभियंता दिनेश सिंह के कहना बा कि एक बेर शासनादेश हो गइला प जमीन सरकार के हो जाला आ उ जब चाहे काम शुरू करवा सकेला. कहलन कि इ नहर बिरनो माइनर से लेकेर वीरभानपुर ले 5.6 किमी लमहर बा जवना में से 1.6 किमी.नहर पहिले खोदल जा चुकल बा. अब बाकी के काम पूरा करावल जात बा.

 206 total views,  5 views today

%d bloggers like this: