Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

पिछड़ा समाज से लगाव बढ़ावत भाजपा जिलेवार सम्मेलन करी


लखनऊ 09 जनवरी (वार्ता) आआपा से शहरू इलाका में होखेवाला नुकसान के अनेसा देखत ओकर भरपाई बदे भाजपा आपन जनाधार बढ़ावे ला यूपी में जिलेवार पिछड़ा सम्मेलन बोलाई. एह बात के जानकारी देत भाजपा महासचिव आ प्रदेश प्रभारी अमित शाह बतवले कि 15 फरवरी से 15 मार्च का बीच राज्य के हर जिला में सामाजिक न्याय मोर्चा के बैनर में पिछडा वर्ग के सम्मेलन कइल जाई.

बतवले कि 23 जनवरी के गोरखपुर मे आ दू फरवरी के मेरठ मे रैली का बाद दू मार्च के लखनऊ मे महारैली होखी जवना ला पन्द्रह लाख लोग के निसान बनावल गइल बा. लखनऊ रैली कांशीराम स्मृति उपवन के 70 एकड के मैदान मे होखी.

अमित शाह कहलन कि भाजपा उत्तर प्रदेश मे अपने दम प सगरी 80 सीट से पर चुनाव लडी.
अमित शाह आजु आतंकवाद के आरोपियन से मुकदमा वापस लेबे के समाजवादी पार्टी के कोर्ट में चुनौती देबे वाला दू गो अधिवक्तन रंजना अग्निहोत्री आ हरिशंकर जैन के सम्मानित कइलन.

Tags: , , ,

%d bloggers like this: