web analytics

बारहवां प्रवासी भारतीय दिवस सम्मेलन पूरा हो गइल

12pravasi-sammanनयी दिल्ली 09 जनवरी (वार्ता) विदेशन मे रहत अढाई करोड भारतवंशियन से भारत के शिक्षा, स्वास्थ्य आ आर्थिक क्षेत्र मे विकास के नया ऊंचाइयन ले ले जाए में सहयोग करे के गोहार का साथे एहिजा 12वां प्रवासी भारतीय दिवस सम्मेलन पूरा हो गइल.

तीन दिन ले चलल एह सम्मेलन में आइल नौ सौ से अधिका प्रवासियन के संबोधित करत राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी कहलन कि देश के तेज आर्थिक प्रगति ला शिक्षा महत्वपूर्ण बा आ देश में नवान्वेषण आ अनुसंधान पर अधिका से अधिका राशि खरच करे आ शिक्षण संस्थानन के विश्व स्तरीय बनावे के जरुरत बा.

एह मौका प राष्ट्रपति एगारह गो चुनिंदा प्रवासियन के प्रवासी सम्मान से सम्मानित कइलन. एह प्रवासियन में महात्मा गांधी के पोती इला गांधी, बहरीन के कुरियन वर्गीज, कनाडा के वासदेव चंचलानी, फिजी के रामकृष्ण मिशन, फ्रांस के बिकास सान्याल, पापुआ न्यूगिनि के शशिधरन मुत्थुवेल, सऊदी अरब के शिहाबुद्दीन वावाकुंजू, यूएई के शमशीर व्यालिल पारम्बथ, ब्रिटेन के शैलेश लक्ष्मण वारा, अमेरिका के पार्थसारथी चिरामेल पिल्लै, अउर डा॰ रेणु खटोडा के नाम शामिल बा.

 53 total views,  1 views today

%d bloggers like this: