Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

मनमोहन के कहला के सही बतवले नरेन्द्र मोदी


नयी दिल्ली 09 जनवरी (वार्ता) गुजरात के मुख्यमंत्री आ भाजपा से पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी आजु प्रवासी सम्मेलन में बोलत प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के बयान के समर्थन कइले, कहलन कि डा॰ सिंह सहिए कहलन कि देश ले भविष्य बढ़िया बा आ केहू के निराश होखे के जरूरत नइखे, काहे कि बढ़िया दिन आवे वाला बा, मोदी कहलन कि बस एकरा ला कुछ महीना के इंतजार करे के पड़ी, उनकर इशारा अप्रेल में होखे वाला लोकसभा चुनाव का ओर रहुवे,

मोदी कहलन कि देश में असल समस्या नजरिया के बा, भठियरपन का बारे में भठियारन के पकड़े के त बात होखत बा बाकि माहौल के भठियरपन मुक्त बनावे के बात केहु नइखे करत, नीति आधारित निष्पक्ष प्रशासन के भठियरपन मुक्त माहौल बनावे के सबले असरदार मंत्र बतावत मोदी कहलन कि आनलाइन फाइल ट्रैकिंग व्यवस्था आ पक्षपात के गुंजाइश पूरा तरह से खतम कइले से अइसन माहौल बनी जे केहु भठियरपन ना कर पाई,

नरेन्द्र मोदी प्रवासी भारतीयन से गोहार कइलन कि उ लोग सोशल मीडिया का जरिए अपना गांव, अपना बचपन के स्कूल, आ मुहल्ला के दोस्तन से जुड़े, एकरा बाद ओह लोग के खुद ब खुद अपना माटी अपना महतारीदेश ला कुछ करे के प्रेरणा मिली आ कुछ करीहें त आत्मा के तोसो मिली,

Tags: ,

More Stories From राजनीति

%d bloggers like this: